शनिवार, 26 मार्च 2016

Pin It

भोजपुरी बैटमैन बिरुद्ध सुपरमैन

यदि ‘’डौन ऑफ़ जस्टिस ‘’ भोजपुरी में आती तो उसका ट्रेलर कैसा होता ?
( पोस्ट केवल मनोरंजन के लिए है ,अन्यथा न ले )
ब्रूस वेन अपनी कार से उतर कर लेक्स लूथर की पार्टी में आता है .
चारो ओर शोर ‘’ ब्रूस आई गवा , ब्रूस आई गवा ‘’
क्लर्क केंट : श्रीमान वेन ,’’रोज के धरती’’ से हम क्लार्क केंट ,गाथम पर बैटमैन के निगरानी के बारे में तोहार का बिचार बा ?
‘’ तोहरे सहर में लोगन के आजादी के कुचलल जा रहल बा l लोग बाग़ दहसत में जी रहल बाडन , रुवुआ खुद के कानून के भी उपर समझेला .’’
ब्रूस वेन : दूसरा पे ऊँगली उठावे के पहिले ‘’रोज के धरती ‘’ के आपने गिरेबान में झांके के चाहि ,का बिचार बा ? जब जब राउर सुपरहीरो कौनो पेड़ पर फंसल बिलरी के भी बचावेला ,तब रउवा अखबार ढिंढोरा पिट देत बा , ई ससुर एक ‘’एलियन ‘’ बा जे दुनिया के तबाह कर सकेला I
( लेक्स लूथर बिच में आता है ताली बजाते हुए )
दोस्तों ,ब्रूस वेन मिलले क्लर्क केंट से l का बात है , लोगन के मिलावल हमका बहुत पसंद बा , ( ब्रूस से हाथ मिलाते हुए ) ‘’ का हाल चाल बा ‘’
ब्रूस : सब ठीक बा .
क्लार्क से हाथ मिलाते हुए : आऊ बड़ी जोर पकड़ बा गुरु  l इनसे पंगा कबहू न लेई .
बैकग्राउंड वोईस : निर्देशक जैक स्नाइडर के पेसकस
लेक्स अमरीकी सेनेटर से : पता बा अमरीका के सबसे बड़का झूठ का बा ?के ताकत केहू के नुकसान न पहुंचा सकेला .
बैकग्राउंड वोईस : दूई हजार सोलह में
अल्फ्रेड ब्रूस से : रउवा ओकरा से लडल चाही ? सनक गईला बाड़े का ?
ब्रूस : हां उ ससुर के नाती हमका ई झमेला में फसवले ह l
अल्फ्रेड : रउवा जानत बाड़े रउवा जीत ना सकेला , इ आत्महत्या बाड़े .
लेक्स की आवाज बैकग्राउंड में : दुनिया के इतिहास मा सबसे जबर लडाकन के युद्ध ‘’ क्रिप्टन के लौंडा बिरुद्ध गाथम के चमगादड़ ‘’
लुईस लेंस लेक्स से : तू सठिया गईल बाड़ .
लेक्स : तीन आखर के ये शब्द तोहरे छोटके बकलोल मगज के बस के बाहर के बा .
बैकग्राउंड में बैट की आवाज सुपरमैन से लड़ते हुए : एक मनई का होत है ,ई तोहके समझावे के समय आ गईल बा .
सुपरमैन : ओही रुकी ! अगर हम तोहके मारी के चाहती तो अब तक मुआ देती .
लेक्स की आवाज , डूमसड़े को बनाते हुए : अगर मनई भगवान के ना मारी त शैतान मार देई
सुपर मैन लेक्स से : ई का कई देहल तू सारे ?
डूमसड़े बिल्डिंग्स को तबाह करते हुए बैटमैन की ओर आकर रुका ! और आँखों से लेजर छोड़ी
बैटमैन : तू ता गईला बेटा बैटमैन ( एक्स्ट्रा डायलोग )
तभी बिच में वंडर वूमेन आकर लेजर का वार ढाल पर रोक लेती है l सुपरमैन उसे देखकर भौंचक्का है .
सुपरमैन बैट मैन से : ई कंटीली तोहरे साथ बा ?
बैटमैन : हमनी के लागल तोहार सेटिंग बा .
जोरदार बैकग्राउंड म्यूजिक और बैटमैन, सुपरमैन , वंडर वूमेन लड़ने की पोजीशन में खड़े हुए .
बैकग्राउंड : बैटमैन बिरुद्ध सुपरमैन , इन्साफ के भोर ..
जल्द आ रहल बा नजदीकी सिनेमा घरन में .



1 टिप्पणी:

  1. ब्लॉग बुलेटिन की आज की बुलेटिन, " एक अधूरी ब्लॉग-बुलेटिन " , मे आपकी पोस्ट को भी शामिल किया गया है ... सादर आभार !

    जवाब देंहटाएं

सम्पर्क करे ( Contact us )

नाम

ईमेल *

संदेश *